शनिवार, 23 अप्रैल 2016

पोखरा घुमाई, नेपाल यात्रा : पाँचवाँ दिन

आगिला दिने सबेरे जल्दी उठ गइनी जा। भोर की मुन्हारे में फेवा ताल की तीरे बालकनी में बईठ के काफी पीये के अापन अलगे मजा रहे। ओकरी बाद ताल की तीरे टहले निकलनी जा। तनी मली टहलला की बाद एगो नाई वाला हमनी के नाई पर घूमे के बोलावे लागल। हमहूँ कहनी की एही लगले वाराही देवी के दर्शनो क लीहल जाव। वाराही देवी के मंदिर फेवा ताल की बीच में बा। ओजी नाई की अलावे अउरा कवनो साधन से पहुँचला मान के नईखे। अईसे त मंदिर की लगे वाला घाट से नाइ के नीमन बेवस्था बा आ किरSयो कम बा, बाकिर हमनी का ओ घाटवा से बहुत दूर रहनी जा एसे तनी ढेर पइसा देबे के परल।  मंदिर ले पहुँचे में लगभग घंटा भर लागल। मंदिर लगभग चार बिगहा की टापू पर बनल बा। जा के देवी के दर्शन करवीं जा। बाहरा निकलला पर एक ओर लोग मछरिन के आटा खियावत रहुए। ई देख के हमार बेटी खुश हो गउवे। उहो खूब खुश हो हो खियवलस। ओजी से निकल के वापस होटल के रास्ता धरवीं जा। रास्ता में एगो बेकरी पर रुकवीं जा आ एगो डेनिश पैस्ट्री नाम के आइटम लेहवीं जा जवन बड़ा नीमन लगुए। लेकिन अफसोस कि ओकरी बाद ऊ कहीं ना भेंटाइल।

होटल आ के तइयार हो के डेवी फाल खातिर निकलवीं जा। डेवी फाल पृथ्वी चौक से गोरखपुर वाला रास्ता पर लगभग चार कीलोमीटर पर बा। फेवा ताल से एगो नदी निकलेले जवन खुबे पातर जगहि में ऊँचा से गिरेले। एकरी सुंदरता के बड़ा नाम सुनले रहनी एसे देखे के बड़ा मन रहे। बाकिर जब देखनी त मन थोर हो गईल। मलिकाईन आ बेटी का बड़ा पसन परल। ई हमरा बाद में बुझाइल कि एके देखला के मजा मानसून में आवेला जब एमें पानी एतना हहरा के गिरेला कि ओकर हल्ला एक कीलोमीटर दूर ले सुनाला। बाहरा निकलेवाला गेट पर एगो गड़हा में लक्ष्मी जी के मूर्ति बा जवन पानी में डूबल बा आ ओकरी चारू ओर रेलिंग लागल बा। ओजी लीखल बा की कुछु भाख के पानी में सिक्का फेंकला पर अगर सिक्का मुर्ती वाला चउतरा पर रुक गईल त भाखल पुज जाई। पाता ना ई सही बा कि ना बाकिर दु तीन हाली प्रेक्टिस की बाद हम सिक्का आराम से अटका देहनी।
 ओजी से निकलला पर रोड की दुसरी ओर गुप्तेश्वर महादेव के मंदिर बा। गुफा में उतरनी जा। कइ महाला नीचे उतरला की बाद शंकर जी की मंदिर पहुँचनी जा। ओजी से एक महाला उतरला की बाद गुफा के रहस्य पता चलुवे। डेवी फाल से  जवन पानी नीचे गिरेला ऊ एहीजी से आपन रास्ता बनावत निकलेला। झरना की रास्ता से आवत अंजोर नीमन लागत रहुवे। अब शुरू भउवे वापसी, चढत में सभके सांस फूले लगुवे। बेटी के गोदी में उठवले काँखत कूँखत बाहरा अवीं जा।

ओजी से बेगनाश ताल निकलवींजा। बेगनास ताल आ रूपा ताल अगले बगल बा। पोखरा से काठमांडू वाला रोड पर दस कीलोमीटर पर ताल चौक बा। ओजी से उत्तर ओर घूम गइला पर तीन कीलोमीटर पर बेगनास ताल बा ओकरी बाद सटले रूपा ताल बा। रास्ता में एक जगहि खाए रुकवीं जा। ताल के ताजा मछरी रोटी की संगे खाए में मजा आ गउवे।

बेगनास पर ढेर भीड़ भाड़ ना रहुवे। नाय 400 नेपाली रूपिया में दू घंटा खातिर मिल गउवे। सुंदरता जबरजस्त रहुवे, घाम भइल रहुवे, चारू ओर हरिहर जंगल आ ऊँच ऊँच पहाड़। चटक नीला आसमान में उजर उजर बादर छितराईल गजबे लागत रहुवे। दू घंटा पते ना चलल कब बीत गईल। लास्ट में देखवीं कुछ लोग जंगल में बईठ के बंसी लगा के मछरी मारत रहुवे। हमरो मारे के मन क देहुवे। सोचवीं तीरे की लगे वाला बजार से जोगाड़ कीन के आएब आ लगा के घंटा भर मारेब बाकिर भगवान का ई मंजूर ना रहे। तीरे उतरते बरखा चालू हो गउवे। भाग के गाड़ी में बइठे का परुवे। फेर रूपा ताल जाएके मन ना भउवे।

तीरे पर एगो जोगाड़ देखवीं जवन देख के बनावे वाला के सलाम ठोके के मन करुवे। एगो झुलुहा वाला चर्खी रहुवे जवना में ट्रांसमिशन खातिर गेयर की जगहि पर तीन गो पुरान गाड़ी के चक्का लागल रहुवे। आ ऊ बहुत बढ़िया काम करत रहुवे।

वापस आके खाना खवीं जा आ बिछवना में ढुक गवीं जा।
बिहाने बिहाने फेवा ताल की तीरे
वाराही देवी मंदिर
बिहाने के फेवा ताल
माई बेटी फेवा ताल में
डेवी फाल
भाखे वाला इनार

गुप्तेश्वर महादेव के सबसे नीचे वाला गुफा

चढ़त में थाकल बबुनी

बेगनास ताल में बबुनी के रो रो करावत

माई बेटी बेगनास ताल में

तीरे के जंगल

यू ब्यूटी

गेयर की जगहि चक्का के जोगाड़

गुरुवार, 14 जनवरी 2016

काठमांडू से पोखरा, नेपाल यात्रा : चउथा दिन

अगिला दिने सबेरे स्वयंभूनाथ खातिर निकलनी जा। त्रिभुवन राजपथ पर कलंकी चउराहा से रिंग रोड पर दहिने मुड़ला पर लगभग तीन किलोमीटर पर स्यंभू बस स्टेंड बा। ओजी से दहिना ओर एगो गली खानी रास्ता निकलल बा जावन कि ऊपर स्तूप पर ले गईल बा। स्वयंभूनाथ 1390 मीटर की ऊँचाई पर बा जबकि दरबार चौक लगभग 1300 मीटर पर बा।

जब हमनीका पहुँचवींजा त झीसी परत रहुवे जवना से मौसम अउर मस्त लागत रहुवे। सीढी से उपर पहुंचवीं जा जहाँ मेन स्तूप आ हारती देवी के मंदिर रहुवे। स्तूप आ मंदिर की हाता में चारूओर छोट छोट स्तूप आ मंदिर बनल रहुवे। जेने देखs स्तूप भा मंदिर। चुंकि ई जगहि शहर से ऊँच बा एसे एजी से पूरा काठमांडू शहर लउकेला। घाम ना भइल रहुए एसे फोटो त नीमन ना आवत रहुवे बाकिर ओजी से शहर निहारे में बहुत नीमन लागत रहुवे। ओजी बानर बहुत बाड़सन लेकिन बूनी परला की कारन सभ जगहि खोज खोज का लुकाईल रहुवS सन। घूम घाम के वापस कलंकी आके पोखरा जाए खातिर त्रिभुवन राजपथ पकड़ लेहवीं जा। एकर नाम आगे जा के पृथ्वी राजपथ हो जाला।

काठमांडू से पोखरा 210 किलोमीटर बा यानी पाँच छव घंटा के रास्ता। रुकत, नजारा लेत, फोटो घींचत आगे चल देहवीं जा। रास्ता में गजुरी में रुक के खाना खवीं जा। रास्ता की ठीक अधेआध में, यानी पोखरा से सौ किलोमीटर पहिले मनकामना देवी के मंदिर बा। मंदिर जाए खातिर केबल कार के बेवस्था बा। हमरा देखल केबल कारन में ई केबल कार सबसे बड़हन बा। ई लगभग साढ़े तीन किलोमीटर लमहर बा आ आदमी के 265 मीटर से 1310 मीटर की ऊँचाई पर ले जाला, यानी 955 मीटर ऊँचा उठावेला। एकर दुनु ओर के किराया 500 नेपाली रुपया बा। ऊपर की गाँवन में रहे वाला लोकल लोग खातिर ई फ्री बा। केबल कार से त्रिशूली नदी आ ओकरी बगल में चीड़ के जंगल बहुत सुंन्दर लागत रहे। ऊपर गईला पर सभ कुछ ओइसने रहे जइसन कवनो मंदिर का आस पास होला। सेनुर, टिकुली, खेलवना, परसादी आ चाय नाश्ता के दोकान चारू ओर सजल रहे। मंदिर की पीछे की बालकनी से दूर हिमालचुली के बरफ वाला पहाड़ लउके ला जवन ओजी से 60-80 किलोमीटर दूर बा। आस पास की पेड़न पर संतरा खानी बाकिर छोट छोट फर रहे जवन साईत माल्टा रहे।

दर्शन क के आगे चलनी जा आ आगे जामुने में चाय नाश्ता खातिर रुकनी जा। ओजी चाय समोसा दबा के आगे बढ़नी जा आ जल्दिये पोखरा पहुँच गइनी जा। पोखरा पहुँच के फटाफट फेवा ताल की तीरे एगो होटल लियाइल आ तीनू बेकत सुत रहनी जा।
बरखा में लुकाएके जोगाड़

काठमांडू के पैनोरमिक व्यू

स्वयंभूनाथ स्तूप


माई-बेटा

बड़ा ठंढा बा







त्रिशूली नदी आ ऊपर पृथ्वी राजपथ

मनकामना देवी मंदिर

मंदिर की पीछे बरफ वाला पहाड़




चाय-समोसा के दोकान

रविवार, 7 जून 2015

काठमांडू घुमाई, नेपाल यात्रा : तिसरका दिन

रातीखान हडाहे बोखार ध लेले रहुवे जवन सबेरे ले तनी कम हो गउवे। अपना बोखार साल में एक रात खातिर होखबे करेला आ बे दवाई खइले उतर जाला। बाकिर ई ओमे के ना रहुवे! खैर तनीमनी बोखार खातिर पोरगराम बिगाडल नीमन ना रहुवे। चदरा लपेट के बिहाने बिहाने पशुपति नाथ पहुँज गवीं जा। पहिले गाडी ढंग से पार्किंग में लगवा के ओकरी बाद मंदिर की ओर बढवीं जा। ओजी से कवनो मेला उखरत रहुवे। चरखी झुलुहा कुल्ह लागल रहुए बाकिर चलत ना रहुवे। आ बेटी झुलुहा में बईठे के जिद करे लगुए। हम कबो छोट लइकन से झूठ ना बोलेनी आ सच्चाई समझे के उ तैयार ना रहुवे। हँ तs ओके मनावे में पाहि तs लागिये गउवे। मंदिर की बहरी एक जगहि कबूतरन के दाना डाले के बेवस्था रहुवे! हमार बेटी त देखते कबूतरन की बीच में दउर गउवे आ मलिकाइन हमार हाथ धs के आँख किचकिचा के मून लेहुवी। उ कबूतर से पता ना काहे डेराली। मन भर दउरला की बाद बेटी अउवे। बगल में नेपाल के हिंदू राष्ट्र घोषित करे खातिर हस्ताक्षर अभियान चलत रहुवे। मलिकाईन साइन करे पहुँच गवी त डटवीं की नेपाल केतनो मित्र देश होखे बाकिर ओकरी अंदरूनी मामला में हमनी का कुछु ना करे के चाहीं। ओकरीबाद परसादी ले के मंदिर में ढुकवीं जा। ढुकते सामनहीं पित्तर के बडके चुका नंदी बाडे! उनकी ठीक सामने मेन मंदिर बा! मंदिर में चारू ओर दुवारी बा बाकिर भीतर ढुके के परमीशन नईखे! चारू दुवारी से दर्शन कइले बिना दर्शन पूरा ना मनाला! चारू ओर से दर्शन कइला की बाद अगल बगल की देवता लो के दर्शन भउवे। पशुपति नाथ के एगो काथा बा। जब पाण्डव लो महाभारत जीत लीहल त कुल गुरू ओ लो से कहले की तहन लो की माथे अपनी परिवार की लोग की हत्या के पाप बा। जा के प्रायिश्चित क के आवs लो। त ऊ लो गुरू जी से पूछल लो की कराई के, गुरू जी बतवले की आतना बड़हन पाप के प्रायिश्चित शंकरे जी करा सकेले। अउरी केहू की बस के नईखे। पाण्डव लो निकलल लो शंकर जी के खोजे। जब शंकर जी ई जनले त  प्रायिश्चित करावे की डरे भाग चलले। पाण्डव लो उनका के खोजत हिमालय में घूमत रहे लो तले एगो भईंसा लउकल। अर्जुन चिन्ह गइले की ई शंकर भगवान हउवन। भीम के इशारा कईले की ध ले इनका के। भीम जब आगे बढ़ले त शंकर जी जमीन में ढुके लगले। भीम उनकर पोंछ ध के खूबे जोड़ से बहरा घींच लेहले। शंकर जी त बहरा आ गईले बाकिर झटका से भईंसा का मुड़ी टूट के दूर बिगा गईल। उहे जा के काठमांडू में गिरल। उहे पशुपति नाथ हउवन आ जवन भीम की हाथ में रहले ऊ केदारनाथ हो गईले। ओजी से निकलला की बाद नीलकंठ खातिर निकलवीं जा। रास्ता में एक जगहि नाश्ता करे रुकवीं जा। हमार त तबियत त खराबे रहुवे, आ डराउबरो के तबियत नरमाहे रहुवे। दोकनदारिन से कहवीं की दू गो अइसन नूडल सूप बनाउ कि मिजाज गरमा जाव। मलिकाइन ओजी के लोकल नाश्ता (चिउरा आ आलू के तरकारी) लेहवी। सूप त उ सही में अइसन बना देहुवे कि कान महें धुँआ निकले लगुवे। मजा आ गउवे। तले एगो बाबाजी एकतारा पर हनुमान चलीसा गावत अइले। हम कबो केहू के भीख ना देनी बाकिर उ एतना नीमन गावत रहुवन कि बिस गो रुपिया देइए देहवीं। नाश्ता क के पहुँचवींजा नीलकण्ठ। नाम से त ई शंकर जी के मंदिर बुझात रहुवे बाकिर रहुवे बिष्नु भगवान के। ओजी पानी की बीच में भगवान के शेषनाग पर सुतल मुर्ति बा। मंदिर की भीतर फोटो घींचल माना बा बाकिर अोकर कवनो तुक नईखे। मुर्ति की चारी ओर पाँच फुट के छरकी बा। हाथ तनी मनी उँचा क के बहरे से नीमन फोटो आ जाला। पूजा क के निकलवीं जा त झीसी परे लगुवे। वापस होटल खातिर निकल लेहवीं जा। गूगल मैप में देखवीं कि होटल की बगले में कैसर महल रहुवे। भउवे कि ईहो घुमले चलल जाव। आ के ओमे ढुक गवीं जा। ई एगो पार्क ह जवना में कइ गो नीमन नीमन रेस्टोरेंट-बार बा। ढुकला के टीकठ बीस रुपिया। बाकिर बनवले बा बहुत सुंदर। नीमन घास, अलग अलग डिजाइन के परगोला बा। बिच्चे में एगो एम्फीथियेटर बा। हमनी के भाग नीमन ना रहुवे काहे से कि ओजी ले पहुँचत पहुँचत झीसी बरियार हो गइल रहुवे। बाकिर पार्कवा आला छाता के बेवस्था रखले रहुवsसन। एकहs गो छाता ले के हमनी का झिसिये में घुमवीं जा। एगो कोना में लक्ष्मी जी के एगो अलगे डिजाईन का मुर्ति रहुवे। गाउन पहिरले, एक हाथ में कमल आ दुसरका में से पईसा झहरावत। लगे जा के डिटेल पढवीं त पता चलुवे कि ऊ यूनान के पइसा के देबी आ भारत की लक्ष्मी जी के मिला के बनावल गईल बा। जब घुम के मिजाज थाक गउवे त आके होटल में एक घंटा आराम करवीं जा आ ओकरी बाद दरबार चौक घूमे निकल लेहवीं जा। अब त ओजी कुछऊ नईखे बचल। भूकंप सभ ले बीतल।  सबसे पहिले एगो बाँस गाड़ल बा आ ओपर तीन गो लोहा के गोला लगा के ओपर रंग बिरंग कपड़ा बान्हल बा। हम कई आदमी के ओकर पूजा करत देखवीं एसे अंदाज लगुवे कि ऊ कवनो देवता के धाजा हs। ओकरी आगे बढ़ला पर बांयाँ ओर कुमारी देवी के मंदिर बा। शाक्य ब्राह्मण लो अपना में से कवनो छोट लईकी के देवी चुनेला लो आ ऊ देवी ए मंदिर में रहेली। पुरा दरबार चौक पर ईहे एगो मकान भूकंप से बचल बा। लोग एके देवी के महिमा मानsता। ओकरी आगे काष्ठमंडप रहुवे(अब नईखे), दरबार चौक के शान। एकरे नाम पर शहर के नाम काठमांडू परल बा। रेक्सा ले के पूरा चौक हड़हेरवीं जा। ओजी के लोकल मिठाई खवीं जा। कुल्ही मिठाई अपनी ईहाँ कि मिठइयन खानी रहुवे। टिकरी, खाजा, पेड़ुकिया खानी। ओकरी बाद गाड़ी में बईठवीं जा आ वापस अपनी होटल। अगिला दिने का फेर कबो।
होटल की बहरी

पशुपतिनाथ की बहरा, कबूतर उड़ खेलत।

मंदिर की में गेट की सामने

मंदिर के दुवारी, सामने नंदी जी लउकतारे

हनुमान चलीसा वाला बाबा जी

नीलकण्ठ भगवान

कैसर महल में

लक्ष्मी जी

परगोला पर बाप बेटी

एम्फीथियेटर

बरखा में मस्ती

हई मलाई के खाई

रेस्टोरेंट की बहरा

दरबार चौक

कुमारी देवी मंदिर की दुआरी पर के डिजाइन

मंदिर की भीतर

मंदिर की बाहर से

नेपाल की झंडा की संगे, पीछे काष्ठमंडप ह।

दरबार चौक पर के धाजा