गुरुवार, 14 जनवरी 2016

काठमांडू से पोखरा, नेपाल यात्रा : चउथा दिन

अगिला दिने सबेरे स्वयंभूनाथ खातिर निकलनी जा। त्रिभुवन राजपथ पर कलंकी चउराहा से रिंग रोड पर दहिने मुड़ला पर लगभग तीन किलोमीटर पर स्यंभू बस स्टेंड बा। ओजी से दहिना ओर एगो गली खानी रास्ता निकलल बा जावन कि ऊपर स्तूप पर ले गईल बा। स्वयंभूनाथ 1390 मीटर की ऊँचाई पर बा जबकि दरबार चौक लगभग 1300 मीटर पर बा।

जब हमनीका पहुँचवींजा त झीसी परत रहुवे जवना से मौसम अउर मस्त लागत रहुवे। सीढी से उपर पहुंचवीं जा जहाँ मेन स्तूप आ हारती देवी के मंदिर रहुवे। स्तूप आ मंदिर की हाता में चारूओर छोट छोट स्तूप आ मंदिर बनल रहुवे। जेने देखs स्तूप भा मंदिर। चुंकि ई जगहि शहर से ऊँच बा एसे एजी से पूरा काठमांडू शहर लउकेला। घाम ना भइल रहुए एसे फोटो त नीमन ना आवत रहुवे बाकिर ओजी से शहर निहारे में बहुत नीमन लागत रहुवे। ओजी बानर बहुत बाड़सन लेकिन बूनी परला की कारन सभ जगहि खोज खोज का लुकाईल रहुवS सन। घूम घाम के वापस कलंकी आके पोखरा जाए खातिर त्रिभुवन राजपथ पकड़ लेहवीं जा। एकर नाम आगे जा के पृथ्वी राजपथ हो जाला।

काठमांडू से पोखरा 210 किलोमीटर बा यानी पाँच छव घंटा के रास्ता। रुकत, नजारा लेत, फोटो घींचत आगे चल देहवीं जा। रास्ता में गजुरी में रुक के खाना खवीं जा। रास्ता की ठीक अधेआध में, यानी पोखरा से सौ किलोमीटर पहिले मनकामना देवी के मंदिर बा। मंदिर जाए खातिर केबल कार के बेवस्था बा। हमरा देखल केबल कारन में ई केबल कार सबसे बड़हन बा। ई लगभग साढ़े तीन किलोमीटर लमहर बा आ आदमी के 265 मीटर से 1310 मीटर की ऊँचाई पर ले जाला, यानी 955 मीटर ऊँचा उठावेला। एकर दुनु ओर के किराया 500 नेपाली रुपया बा। ऊपर की गाँवन में रहे वाला लोकल लोग खातिर ई फ्री बा। केबल कार से त्रिशूली नदी आ ओकरी बगल में चीड़ के जंगल बहुत सुंन्दर लागत रहे। ऊपर गईला पर सभ कुछ ओइसने रहे जइसन कवनो मंदिर का आस पास होला। सेनुर, टिकुली, खेलवना, परसादी आ चाय नाश्ता के दोकान चारू ओर सजल रहे। मंदिर की पीछे की बालकनी से दूर हिमालचुली के बरफ वाला पहाड़ लउके ला जवन ओजी से 60-80 किलोमीटर दूर बा। आस पास की पेड़न पर संतरा खानी बाकिर छोट छोट फर रहे जवन साईत माल्टा रहे।

दर्शन क के आगे चलनी जा आ आगे जामुने में चाय नाश्ता खातिर रुकनी जा। ओजी चाय समोसा दबा के आगे बढ़नी जा आ जल्दिये पोखरा पहुँच गइनी जा। पोखरा पहुँच के फटाफट फेवा ताल की तीरे एगो होटल लियाइल आ तीनू बेकत सुत रहनी जा।
बरखा में लुकाएके जोगाड़

काठमांडू के पैनोरमिक व्यू

स्वयंभूनाथ स्तूप


माई-बेटा

बड़ा ठंढा बा







त्रिशूली नदी आ ऊपर पृथ्वी राजपथ

मनकामना देवी मंदिर

मंदिर की पीछे बरफ वाला पहाड़




चाय-समोसा के दोकान